जेकर उमर हजारो साल बा । बदन गुलाब खानी लाल बा । मोरनी जईसन चाल बा । writter- Mahesh Ji


जेकर उमर हजारो साल बा ।
बदन गुलाब खानी लाल बा ।
मोरनी जईसन चाल बा ।
ठेहुना के निचेले लटकल बाल बा ।
जेकर आंख के भौंव अईठल बा ।
दाँत पर बिजली खुद आके बईठल बा ।
गरदन देख के सुराही भी सामने झुक गईल ।
चेहरा देख के उधियाईल बादल भी रुक गईल ।
जेकर मिरिगा जईसन नैन बा ।
मुठीभर डार देख के नागिन छोडी नाग भी बेचैन बा।
जेकर चेहरा गोर बा ।
अगूरी के लम्बा पोर बा ।
नाक सुगनवा के ठोर बा ।
वो ""शारदे ""जी मइया के रुप के वर्णनन के कवनो ओर बा ।
माई के दया स े"महेश" जी के, मौका मिलल कुछ सिखे के ।
एकरा आगे छोड़ देत बानी, रउवा लो के comment मे कुछ लिखे के ।
Previous
Next Post »
Thanks for your comment